छतरपुर मंदिर
दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर / From Wikipedia, the free encyclopedia
श्री आद्य कात्यायनी मंदिर, जेकरा के छतरपुर मंदिर के नाँव से परसिद्धी बा, भारत के राजधानी दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर बा। मंदिर के मुख्य देवी कात्यायनी हई। नवरातर में इहाँ भारी संख्या में श्रद्धालू लोग आवे ला।
Quick Facts श्री आद्य कात्यायनी मंदिर, भूगोल ...
श्री आद्य कात्यायनी मंदिर | |
---|---|
भूगोल | |
भूगोलीय स्थिति | 28°30′7″N 77°10′46″E |
देश | भारत |
लोकेशन | महरौली, दिल्ली |
भवन शैली | |
शैली | हिंदू मंदिर शैली |
इतिहास आ प्रशासन | |
रचनाकार | बाबा संत नागपाल |
Close
दक्खिनी दिल्ली में मौजूद ई मंदिर क़ुतुब मीनार से लगभग चार किलोमीटर के दूरी पर बा। मंदिर के बिल्डिंग सफ़ेद संगमरमर के बनल बा आ दक्खिन भारतीय शैली में हवे। मंदिर के निर्माण संत नागपाल द्वारा 1974 में करावल गइल। मंदिर परिसर के बिस्तार के हिसाब से ई भारत आ दुनिया के कुछ सभसे बिसाल हिंदू मंदिर सभ में से एक बा।
ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |