दक्खिन-पुरुब एशिया में हिंदू धर्म
From Wikipedia, the free encyclopedia
दक्खिन-पुरुब एशिया में हिंदू धर्म के ब्यापक परभाव इहाँ के इतिहास, संस्कृति, आ समाज पर देखे में आवे ला। पहिली से पाँचवीं सदी ईसवी के बीच इहाँ भारतीय लिखाई सिस्टम के चलन आइल आ पहिली बेर इहाँ के लोग आपन चीज लिखित रूप में दर्ज कइल।
हिंदू राजा लोग के राज स्थापित होखे के कारन इहाँ के राजब्यवस्था आ सामाजिक संरचना प हिंदू धर्म के परभाव देखे में आवे ला; सभसे सहज उदाहरण के रूप में जगह आ लोग के नाँव में भारतीय भाषा आ हिंदू संस्कृति के परभाव देखल जा सके ला। इहाँ के आर्किटेक्चर आ कला प हिंदू धर्म के साफ परभाव पड़ल लउके ला, परसिद्ध अंकोरवाट के मंदिर जे दुनिया के सभसे बिसाल परिसर वाला हिंदू मंदिर हवे, हेइजे बाटे।