पोपोकैटेपिटल
From Wikipedia, the free encyclopedia
पोपोकैटेपिटल (स्पेनी: Popocatépetl; पोपोकतॆपेत्ल इस्पेनी उच्चारण: [popokaˈtepetl] ( सुनल जाय)) मध्य मैक्सिको में एगो सक्रिय स्तरित ज्वालामुखी (स्ट्रेटावल्कैनो) बाटे। एकर बिस्तार प्यूएब्ला आ मोरेलोस राज्यन में बा आ ई ट्रांस-मैक्सिकन जवालामुखी पेटी के पूरबी हिस्सा में स्थित बाटे। एकर ऊँचाई 5,426 मी (17,802 फीट) बाटे आ एह तरीका से ई पिको दे ओरिजाबा के बाद मैक्सिको में दुसरा सभसे ऊँच परबत हवे।
पोपोकैटेपिटल | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 5,426 मी (17,802 फीट) [नोट 1] |
टोपो प्रामिनेंस | 3,020 मी (9,910 फीट) [2][3] |
टोपोग्राफिक बिलगाव | 143 किलोमीटर (89 मील) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 19°01′20″N 98°37′40″W |
भूगोल | |
Location | मैक्सिको |
Geology | |
परबत प्रकार | स्तरित ज्वालामुखी |
अंतिम बिस्फोट | 2004 से 2019 (जारी)[4] |
चढ़ाई | |
सहज रूट | rock/snow climb |
पहिले एह परबत पर ग्लेशियर पावल जायँ आ अइसन मैक्सिको के तीन गो परबत सभ में इहो एगो रहल। बाद में इहाँ के ग्लेशियर खतम हो गइलें, कुछ जलवायु बदलाव के कारण आ कुछ ज्वालामुखी के सक्रियता बढ़े के कारण। एहपर बरफ अबो पावल जाले बाकी ग्लेशियर के चीन्हा ना मिले ला, जइसे कि क्रिवास वगैरह लच्छन।
एह परबत के मैक्सिको शहर से दूरी लगभग 70 किलोमीटर बा आ अक्सरहा एकरा के शहर से देखल भी जा सके ला जे मौसम आ वायुमंडली दशा पर निर्भर करे ला।