प्रयोगकर्ता:SM7/sandbox1
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई भारत देस में पावल जाए वाली चिरई सब क लिस्ट हवे। भारत सरकार द्वारा मानल जाये वाली भारतीय सीमा में चिरई सभ के कुल 1266 प्रजातिन क पहिचान साल 2016 तक ले कइल गइल बाटे।[1] इन्हन में से 61 गो देसी प्रजाति,[1] एक ठो बाहर से आदमिन द्वारा ले आइल गइल, आ करीब 25 गो कंचित-कला पावाल जाये वाली बाड़ी स। दू गो प्रजाति स्थानीय रूप से बिलुप्त हो चुकल बाड़ी आ 82 गो प्रजाति अइसन बाडीं जिनहन पर पुरा बिस्व भर में खतरा मेंड़रा रहल बाटे। एह लिस्ट में भारत के सुदूर समुंदरी इलाका, जइसे कि दक्षिण गंगोत्री, में पावल जाये वाली चिरई नइखी स सामिल आ कुछ अन्य समुंदरी चिरई बिना भारतीय समुंदरी सीमा के धियान में रखले, अंदाज से सीमा मान के बीछल गइल बाड़ी। एह में फॉसिल के रूप में पावल जाये वाली आ पिंजरा से उड़ के भागल चिरई भी ना सामिल बाड़ी।
भारत का राष्ट्रीय पक्षी भारतीय मोर हउवे।[2] सभसे हाल में, भारत में खोजल गइल चिरई सभ में दू गो चिरई बाड़ी, 2006 में खोजल गइल बगुन लोई आ 2016 में खोजल गइल हिमालयी बनचिरई, दुनों पूर्वोत्तर भारत के अरुणाचल प्रदेश में मिलल बाड़ी। एकरे अलावा कुछ चिरई, जइसे कि जार्डन्स क्रूजर, दोबारा मिल गइल बाड़ी। कुछ के उपप्रजाति से दर्जा बदल के अलग प्रजाति के मान लिहल गइल बा।
ई लिस्ट जीवबिज्ञान की वर्गीकरण के हिसाब से बनावल गइल बाटे। एम्में प्रयोग भइल अंगरेजी आ वैज्ञानिक नांव अंतर्राष्ट्रीय चिरई वैज्ञानिक संघ के लिस्ट (वर्शन 3.2) पर आधारित बाटे। भोजपुरी नाँव खातिर भारत के परसिद्ध चिरई-वैज्ञानिक सालिम अली के किताब में दिहल उत्तर प्रदेश आ बिहार के क्षेत्रीय नाँव के सहारा लिहल गइल बा। जवन चिरई ए यूपी बिहार के इलाका में ना पावल जाली उनहन क हिंदी नाँव या लोकल भाषा में नाँव दिहल बा; कुछ चिरई सभ के नाँव ना मालुम होखे के कारण बैज्ञानिक नाँव के सीधे देवनागरी लिपि में भी लिख दिहल गइल बा।
नीचे लिस्ट में कुछ नाँव के आगे दिहल टैग क मतलब बा:
- (A) Accidental जवन प्रजाति भारत में यदा-कदा लउक जाले
- (E) Endemic जवन भारत का देसी प्रजाति हवे
- (I) Introduced आदमी द्वारा इहाँ ले आइल गइल बाटे, प्राकृतिक रूप से ना मिले
- (Ex) Extirpated भारत से बिलुप्त हो चुकल बा