फिलिम
From Wikipedia, the free encyclopedia
फिलिम (अंग्रेजी: Film) हिंदी में "चलचित्र" या "सिनेमा", अंग्रेजी में "मूवी" ("Moovies") एगो अइसन चीज बा जेवन एक की बाद एक खींचल कय गो फोटो के हाली-हाली देखावे के चलते मूल दृश्य के दोबारा चलत-फिरत रूप में देखावे के काम करे ले। फ़िल्म (Film) वास्तव में उ रील के कहल जाला जवना पर कवनो चित्र चाहे चलचित्र अंकित होला, ई कैमरा में प्रयोग करे खाती प्रकाश के प्रति संबेदनशील पायस आदि पोतल कार्बन प्लास्टिक आदि के समिश्रण से बनल पातर लचकदार पट्टी नियन होला जवना प चित्र चाहे चलचित्र कैमरा से अंकित कइल जाला। एकरा पर तेज प्रकाश के किरण परला प चित्र आगे परदा प दिखाई देला। यदि एक निमेष (आदमी के एक बार आंखि झपके के समय) में 50 गो से ज्यादा चित्र एक साथ देखावल जाय त चित्र में चित्रित चरित्र गतिमान लउके लागि लोग मनोरंजन खाती एकरा के देखे जात रहन आ सामान्य बोल चाल के भाषा में फिलिम कहे लागले।