यलोस्टोन नेशनल पार्क
From Wikipedia, the free encyclopedia
यलोस्टोन नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Yellowstone National Park) अमेरिका में एगो नेशनल पार्क बाटे। ई पार्क इहँवा के वूमिंग, मोंटाना, आ इडाहो राज्यन में बिस्तार लिहले बा आ एकर अस्थापना अमेरिकी कांग्रेस द्वारा भइल आ कानून रुपी प्रस्ताव पर तत्कालीन प्रेसिडेंट उलिसस एस ग्रांट द्वारा 1 मार्च १९72 के दस्खत कइल गइल।[4][5] यलोस्टोन पार्क अमेरिका के पहिला नेशनल पार्क हवे आ ब्यापक रूप से एकरा के दुनियाँ के पहिला नेशनल पार्क भी मानल जाला।[6] पार्क के परसिद्धी के मुख्य कारण इहाँ के जिया जंतु (वाइल्डलाइफ) आ बिबिध जियोथर्मल चीज हईं, बिसेस रूप से ओल्ड फेथफुल गीजर इहाँ से सभसे परसिद्ध चीज हवे।[7] इहँवा कई किसिम के इकोसिस्टम पावल जालें हालाँकि, सबअल्पाइन बन इनहन में सभसे ढेर इलाका पर बिस्तार लिहले बाटे। ई दक्खिनी मध्य राकी क्षेत्र के इकोप्रदेश के हिस्सा हवे।
Quick Facts यलोस्टोन नेशनल पार्क, लोकेशन ...
यलोस्टोन नेशनल पार्क | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | यूनाइटेड स्टेट्स |
भूगोलीय निर्देशांक | 44°36′N 110°30′W |
रकबा | 2,219,791 एकड़ (8,983.18 किमी2)[1] |
स्थापना | मार्च 1, 1872 (1872-March-01) |
आवे वाला लोग | 4,116,524 (in 2017)[2] |
गवर्निग बॉडी | यूनाइटेड स्टेट्स नेशनल पार्क सर्विस |
वेबसाइट | ऑफिशियल वेबसाइट |
प्रकार | प्राकृतिक |
पैमाना | vii, viii, ix, x |
तिथी | 1978 (2सरा सेशन) |
रिफरेंस नं॰ | 28[3] |
क्षेत्र | दि अमेरिकाज |
खतरा में (एनडेंजर्ड) | 1995–2003 |
Close