संगमरमर
नॉन-फोईलेटेड मेटामार्फिक चट्टान जेकर इस्तेमाल कलाकृति बनावे आ बिल्डिंग मटेरियल के रूप में होला / From Wikipedia, the free encyclopedia
संगमरमर चाहे मार्बल (अंग्रेजी: marble) एक किसिम के रवेदार मेटामार्फिक चट्टान[1] (कायांतरित चट्टान[2], ताप दाब से जेकरा में बदलाव भइल होखे) होखे ले जे कार्बोनेट खनिज सभ के रीक्रिस्टलाइजेशन से बने ले आ सभसे कॉमन रूप में कैल्शियम से बनल कैल्साइट, भा डोलोमाइट होखे ले। मार्बल के टिपिकल रूप बिना फोइलेशन के होला मने एह चट्टान में पत्तर नियर संरचना ना मिले ले हालाँकि एकर अपवादो होखे लें। भूबिज्ञान में मार्बल के इस्तेमाल चूना पत्थर (लाइमस्टोन) से बने वाली मेटामार्फिक चट्टान होखे ला[3] जबकि पाथर के कलाकृति बनावे आ भवन निर्माण में मार्बल भा संगमरमर के इस्तेमाल अउरी ब्यापक अरथ में होखे ला, एह में बिना मेटामर्फोसिस वाला लाइमस्टोन (चूना पाथर) के भी संगमरमर कहल जा सके ला। मार्बल के इस्तेमाल कई किसिम के कलाकृति बनावे, सजावटी सामान बनावे आ बिल्डिंग मटेरियल के रूप में इस्तमाल होखे ला।[1]