स्टीफन हॉकिंग
ब्रिटिश भौतिकशास्त्री, प्रोफ़ेसर आ लेखक / From Wikipedia, the free encyclopedia
स्टीफन विलियम हॉकिंग (अंग्रेजी: Stephen William Hawking, उच्चारण: स्टीवन ऑकिन्स; 8 जनवरी 1942 – 14 मार्च 2018) एगो अंगरेज भौतिकशास्त्री रहलें।[3] ई कैंब्रिज युनिवर्सिटी में एगो रिसर्च सेंटर के डाइरेक्टर भी रहलें आ इनके लेखक के रूप में भी परसिद्धि रहल। इनके लिखल किताब "ब्रीफ हिस्ट्री ऑफ टाइम" काफी परसिद्ध भइल रहे।
स्टीवन हॉकिंग CH CBE FRS FRSA | |
---|---|
जनम | Stephen William Hawking (1942-01-08)8 जनवरी 1942 ऑक्सफ़ोर्ड, इंग्लैंड, यूके |
निधन | 14 मार्च 2018(2018-03-14) (उमिर 76) कैंब्रिज, इंग्लैंड, यूके |
काम के क्षेत्र |
|
संस्था |
|
शिक्षा | सेंट अल्बान्स स्कूल, हर्टफोर्डशायर |
अल्मा मैटर | यूनिवर्सिटी कॉलेज, ऑक्सफोर्ड (बीए) ट्रिनिटी हाल, कैंब्रिज (एमए, पीएचडी) |
Thesis | प्रॉपर्टीज ऑफ एक्सपैंडिंग यूनिवर्स (1966) |
Doctoral advisor | Dennis Sciama[1] |
Other academic advisors | Robert Berman[2] |
Known for |
|
पुरस्कार/सम्मान |
|
जीवन साथी |
|
संतान | 3, जेह में लूसी शामिल बाड़ी |
दस्खत | |
वेबसाइट ऑफिशियल वेबसाइट |
इनकर बैज्ञानिक काम में, ई रोजर पेनरोज के साथे मिल के पेनरोज-हॉकिंग थियरी के नाँव से जानल जाए वाली थियरी दिहलें जे गुरुत्व सिंगुलरिटी के ऊपर रहल; रिलेटिविटी के जनरल थियरी काम क के ब्लैक होल से निकसे वाला रेडियेशन प हॉकिंग रेडियेशन के नाँव से जानल जाए वाला सिद्धांत दिहलें; ई पहिला ब्यक्ति रहलें जे जनरल थियरी आ क्वांटम मैकेनिक्स के जोड़ के एगो कॉस्मोलॉजिकल थियरी देवे के कोसिस कइलें। ई क्वांटम मैकेनिक्स के कई-दुनिया ब्याख्या के सपोर्टर रहलें।[4][5]
हॉकिंग के रॉयल सोसाइटी के फेलो (FRSA) बीछल गइल रहे, पोंटिफिशियल एकेडमी ऑफ साइंस के आजीवन सदस्य रहलें, आ इनके अमेरिका के सभसे बड़ सिविलियन सम्मान, प्रेसीडेंशियल मेडल ऑफ फ्रीडम मिलल रहे। साल 2002 बीबीसी के एगो सर्वे में इनका के 100 सभसे महान ब्रिटिश लोग में 25वाँ अस्थान मिलल रहल। हॉकिंग साल 1979 से 2009 ले कैंब्रिज में गणित बिसय के लुकासियन प्रोफेसर रहलें। एही दौर में उनके आम जनता खाती कॉस्मोलोजी के चर्चा करे खाती पापुलरिटी मिलल आ इनकर किताब ब्रीफ हिस्ट्री ऑफ टाइम बहुत प्रसिद्ध भइल। ई किताब लगातार 237 हप्ता ले बेस्टसेलर रहल।
हॉकिंग के, काफी सुरुआते में, ऍमोट्रॉफिक लैटेरल स्कालेरोसिस (एएलएस) नाँव क बेमारी भ गइल जे बाद के दशक में इनके फालिजग्रस्त करत गइल।[6][7] अपना पूरा जिनगी में, ऊ खासतौर से डिजाइन कइल, आवाज पैदा करे वाला एगो यंत्र आ अपना गाल के एगो सिंगल पेशी (मशल) के सहारे आपन बात कहे में सक्षम रहलें। हॉकिंग के 14 मार्च 2018 के 76 बरिस के उमिर में निधन भ गइल।[8][9]