अखाड़ा
From Wikipedia, the free encyclopedia
अखाड़ा अइसन जगह हवे जहाँ कुश्ती लड़ल जाला। एकरे अलावा ई कुश्ती लड़े के इस्कूल के अरथ में इस्तेमाल होला, मने कि अइसन जगह जहाँ पहलवान लोग रह के कुश्ती सीखे। एही क्रम में, बिस्तार वाला अरथ में, ई कुश्ती आ लड़ाई के कला सीखे सिखावे वाला लोग के कौनों एगो दल बिसेस के भी कहल जाला जे लोग कौनों अखाड़ा से जुड़ल होखे आ उहाँ सीखत-सिखावत होखे। एगो दूसर बिस्तारित अरथ में ई साधू-संत लोग के समूह खाती भी इस्तेमाल होला जे लोग जुद्ध के कला भी सीखे ला; जहाँ गुरू-शिष्य परंपरा में, एगो समूह के रूप में रह के बिबिध बिद्या सीखे-सिखावे के काम होला।[1]
हिंदू धर्म के दसनामी संप्रदाय में अखाड़ा के अरथ साधू-संत लोग के अलग-अलग समुदाय से हवे। उदाहरण खाती, कुंभ मेला में ई अलग-अलग दल परंपरा अनुसार शोभा यात्रा के रूप में मेला में शामिल होखे लें (पेशवाई), नहान करे जालें (जेकरा शाही स्नान कहल जाला) आ फिर मेला के समापन पर मेला छेत्र से बिदा होखे लें। एह में मुख्य रूप से नागा साधू लोग होलें; हालाँकि पहिले एह अखाड़ा सभ के गिनती दस गो रहल,[2] एह अखाड़ा में पहिले औरत लोग के स्थान ना रहल ना देवी के पूजा के कौनों बिधान रहल,[3] 2013 के कुंभ में औरत साधू लोग के "परी अखाड़ा" आ 2019 के अर्धकुंभ में किन्नर (हिजड़ा) लोगन के "किन्नर अखाड़ा" सामिल भइल सभसे नाया अखाड़ा बाने आ अब एह अखाड़ा सभ के कुल गिनती पंद्रह गो तक पहुँच चुकल बा।[4]