अल्बर्ट आइंस्टीन
जर्मनी में जनमल भौतिकी बिद्वान, रिलेटिविटी सिद्धांत के संस्थापक / From Wikipedia, the free encyclopedia
"आइंस्टीन" इहाँ अनुप्रेषित बाटे। आउर लोग खातिर, देखल जाय आइंस्टीन (अपनाँव)। other uses खातिर, देखल जाय Albert Einstein (disambiguation) अउर Einstein (disambiguation)।
अलबर्ट आइंस्टाइन (14 मार्च 1879 – 18 अप्रैल 1955) जर्मन मूल के भौतिकशास्त्री रहलें। आइंस्टाइन द्वारा आधुनिक भौतिकी के दू गो प्रमुख सैधांतिक खोज सापेक्षता के सिद्धांत आ क्वांटम मैकेनिक्स बा। क्वांटम थियरी के बिकास में बहुत महत्व के नियम, फोटो-इलेक्ट्रिक परभाव, के खोज खातिर इनका के 1921 में भौतिकी के क्षेत्र में नोबल पुरस्कार मिलल। आइंस्टाइन के बिज्ञान के दर्शन पर भी काफी परभाव पड़ल। आम पढ़ल-लिखल समाज में इनके द्रब्यमान-ऊर्जा इक्विवैलेंस के सूत्र E = mc2 खातिर जानल जाला (जेकरा दुनिया के सभसे परसिद्ध इक्वेशन भी कहल गइल बा)।