ईद
रमजान के अंत पर मनावल जाए वाला मुसलमानी तिहुआर / From Wikipedia, the free encyclopedia
ईद अल-अज़हा खातिर, बकरीद देखल जाय।
ईद अल-फ़ितर चाहे ईद अल-फ़ित्र, जेकरा खाली भर ईद के नाँव से भी जानल जाला, मुसलमान लोगन के प्रमुख तिहुआर हवे जे रमजान के महीना के भर उपास (रोजा) रखला बाद एह पबित्र महिन्ना के समाप्ती पर मनावल जाला। हिजरी कलेंडर के हिसाब से ई शव्वाल के पहिला दिने पड़े ला, ई अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से कवनो फिक्स तारीख के ना पड़े ला बलुक घसकत रहे ला काहें से कि हिजरी कलेंडर चंद्रमा पर आधारित हवे। कुछ जगह एकरा के छोटी ईद चाहे मीठी ईद कहल जाला।
Quick Facts ईद, ऑफिशियल नाँव ...
ईद | |
---|---|
ऑफिशियल नाँव | अरबी: عيد الفطر |
अन्य नाँव | ईद अल-फ़ित्र, ईद अल-फ़ितर (उपास के बाद के ईद), मीठी ईद, छोटी ईद |
मनावे वाला | मुसलमान |
प्रकार | इस्लामी |
महत्त्व | रमजान के उपास (रोजा) के समाप्ती |
मनावे के तरीका | ईद के नमाज, ज़कात, सामाजिक मेल-मिलाप, पकवान, ईदी |
समय | 1 शव्वाल |
2023 तारीख | 21 – 22 अप्रैल[नोट 1][1] |
2024 तारीख | 10 – 11 अप्रैल |
संबंधित बा | रमजान |
Close
ईद के बिसेस नमाज पढ़ल जाला। ईदगाह में एह नमाज आ मेला के आयोजन होखे ला आ लोग एक दुसरे से ईद के मिलनी करे ला आ बधाई देला। दुनियाँ के अलग-अलग हिस्सा में एकरा मनावे के तरीका में कुछ मामूली अंतरो देखे के मिले ला जबकि एह दिन बिबिध पकवान बनावल लगभग हर जगह शामिल बाटे।