उत्तर प्रदेश के भूगोल
उत्तर प्रदेश के भूगोलीय बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
उत्तर परदेस के भूगोल में मजिगर बिबिधता एकरे बिस्तार के चलते बा। भारत के कुल रकबा के 7.33 % हिस्सा वाला ई राज्य एह हिसाब से भारत के 4था सभसे बड़हन राज्य हवे आ आबादी के हिसाब से सबसे बड़ राज्य हऽ। ई उत्तर भारत में पड़े ला आ एकर उत्तरी सीमा नेपाल देस के साथे बने ले। भारतीय राज्यन में एकर सीमा सभसे अधिका दूसर राज्यन के साथे बने ले, ई उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, दिल्ली, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंड आ बिहार राज्यन के साथे सीमा सझिया करे ला। प्रशासनिक हिसाब से एह राज्य में 18 गो मंडल आ 75 गो जिला बाड़ें।
महादीप | एशिया |
---|---|
क्षेत्र | दक्खिन एशिया, उत्तर भारत |
लोकेशन | 27°N 81°E
अक्षांस: 23° 52' N — 30° 24' N देशांतर: 77° 05' E — 84° 38' E |
रकबा | |
• कुल | 243,290 किमी2 (93,930 वर्ग मील) |
सीमा | |
सबसे लमहर नदी | गंगा |
जलवायु | नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (कोपेन बर्गीकरण: Cwa/Cwg) "जनरल बर्गीकरण": उष्णकटिबंधी मानसूनी |
टेरेन | मुख्यतः मैदानी, उत्तर में तराई आ दक्खिन में पहाड़ी-पठारी |
प्राकृतिक संसाधन |
(अधिकतर खनिज मिर्जापुर-सोनभद्र आ ललितपुर-झाँसी-बाँदा क्षेत्र में पावल जालें। |
प्राकृतिक आफत-बिपत | |
पर्यावरणी मुद्दा/समस्या |
|
भौतिक भूगोल के हिसाब से ई लगभग पूरा तरीका से गंगा के मैदान में पड़े ला, हालाँकि एकर सबसे उत्तरी हिस्सा हिमालय के तराई वाला इलाका हवे आ एकदम दक्खिन में बिंध्याचल पहाड़ के कुछ हिस्सा पड़े लें। उत्तर प्रदेश के जलवायु नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु हवे। पूरुब से पच्छिम ओर जाए पर बरखा के कमी होखत जाला। पानी के बहाव के बेसिन के हिसाब से ई पूरा तरीका से गंगा बेसिन में पड़े ला आ गंगा, यमुना आ सरजू नदी इहाँ के मुख्य नदी हई। इन्हना के बीचा के हिस्सन के दुआबा कहल जाला।
भाषाई आ सांस्कृतिक रूप से उत्तर परदेस में रुहेलखंड, ब्रज क्षेत्र, बुंदेलखंड, अवध आ पूरबी हिस्सा में भोजपुरी भाषी पूर्वांचल बा; दक्खिनी-पूरबी हिस्सा कुछ कुछ बघेलखंड में पड़े ला। आर्थिक रूप से पच्छिमी उत्तर प्रदेश बेसी बिकसित बाटे जबकि पूरबी उत्तर प्रदेश आ दक्खिनी-पच्छिमी, बुंदेलखंड के हिस्सा, पिछड़ा इलाका बाड़ें।