करोल एम. हाइस्मिथ
From Wikipedia, the free encyclopedia
करोल ऍम॰ हाइस्मिथ (अंग्रेजी: Carol M. Highsmith; जनम 1946) एक ठो अमेरिकी फोटोग्राफर, लेखिका, आ प्रकाशक (पब्लिशर) बाड़ी जे अमेरिका के सगरी राज्यन में आ कोलंबिया आ प्यूर्तो रिको में फोटोग्राफी कइले बाड़ी। ऊ अमेरिका में हर तरह के फोटोग्राफी (लैंडस्केप, बिल्डिंग, आर्किटेक्चर, सहरी आ देहाती जीवन, अपना काम में लागल लोग सभ वगैरह बिसय के फोटोग्राफी) करि चुकल बाड़ी। करोल, अमेरिका के सज्जो 50 ठो राज्यन में फोटोग्राफी करि के 21वीं सदी के सुरुआती दौर के एगो रिकार्ड बनावे वाली फोटोग्राफर बाड़ी।
Quick Facts करोल ऍम॰ हाइस्मिथCarol M. Highsmith, जनम ...
करोल ऍम॰ हाइस्मिथ Carol M. Highsmith | |
---|---|
जनम | करोल मककेनी (1946-05-18) मई 18, 1946 (उमिर 78) Leaksville, North Carolina (since renamed "Eden"), United States |
राष्ट्रीयता | अमेरिकी |
शिक्षा | Corcoran School of Art |
परसिद्धि के कारन | अमेरिका संबंधी फोटोग्राफी कलेक्शन |
वेबसाइट | CarolHighsmithAmerica.com ThisIsAmericaFoundation.org |
Patron(s) | George F. Landegger; The Capital Group Foundation in memory of its late chairman, Jon B. Lovelace; Lyda Hill of Dallas, Texas; The Gates Frontiers Fund; The Ben May Family Foundation |
Close
हाईस्मिथ अपना काम के (जेह में 1,00,000 फोटो बाटे) फ्री में दान कर देले बाड़ी आ एह फोटो सभ से लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस एक ठो सिगल ब्यक्ति के काम से पुरालेख (आर्काइव) के स्थापना कइले बाटे।[1][2]