कालका मंदिर, दिल्ली
From Wikipedia, the free encyclopedia
कालका मंदिर भारत के राजधानी दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर बा आ देवी काली (जिनके पंजाबी लहजा में कालका कहल जाला) एह मंदिर के मुख्य देवी हई। मंदिर के लोकेशन दखिनी दिल्ली में नेहरू प्लेस के लगे बा आ आसपास के इलाका के मंदिरवे के नाँव पर कालका जी मोहल्ला के रूप में जानल जाला। आवागमन के साधन के रूप में इहाँ कालकाजी मेट्रो स्टेशन बा, सभसे नजदीकी बस स्टैंड नेहरू प्लेस में बा आ नजदीकी रेलवे टीशन ओखला हवे।
Quick Facts श्री कालका जी मंदिर, नाँव ...
श्री कालका जी मंदिर | |
---|---|
नाँव | |
पूरा नाँव | कालका जी मंदिर |
भूगोल | |
देश | भारत |
State | दिल्ली |
जिला | दक्खिन |
लोकेशन | मोहल्ला कालकाजी |
भवन शैली | |
शैली | हिंदू मंदिर |
इतिहास आ प्रशासन | |
वेबसाइट | www |
Close
प्रचलित मान्यता के मोताबिक एह मंदिर में मौजूद मूर्ती अपने-आप परगट भइल हवे आ सतजुग के जमाना के मानल जाले जब देवी रक्तबीज नियर दानवन के बिनास खाती काली के रूप धारण कइली।
ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |