जनसंख्या
इकोलॉजी के कांसेप्ट / From Wikipedia, the free encyclopedia
जनसंख्या जीव जंतु के कौनों भी प्रजाति के सगरी सदस्यन के गिनती के कहल जाला।[1][2] आम बोलचाल की भाषा में एकर मतलब होला कवनों इलाका में निवास करे वाला सगरी मनुष्य।
जनसंख्या के गिनती कइले के जनगणना कहल जाला। अलग-अलग देस में ई अलग-अलग समय बिता के होला। भारत में ई हर दस साल पर होला, पाछिली बेर 2011 में जनगणना भइल रहे। एह समय भारत क कुल जनसंख्या 1,210,569,573 बाटे (2011 की जनगणना की हिसाब से)।[3]