थलभीतरी बेसिन
बंद जलबहाव वाला इलाका जहाँ से पानी के कौनों दुसरे बाहरी नदी भा समुंदर में निकास बहाव न होखे / From Wikipedia, the free encyclopedia
एंडोरेइक बेसिन चाहे थलभीतरी बेसिन (शब्दउत्पत्ती:प्राचीन ग्रीक: ἔνδον, एंडॉन, "अंदर" आ ῥεῖν, रे'इन, "बहाव"; अंग्रेजी उच्चारण: ऎंडोरी'इक बेसिन) एगो अइसन बंद बहाव थाला होला जवना में नद्दी-नाला सभ आके एगो अइसन जगह पर पानी छोड़े लें जहाँ से बाहर की ओर दुसरा नद्दी या समुन्दर में कौनों अउरी निकास-बहाव ना होला। समुन्द्र में बहाव वाला बेसिन के बिपरीत इनहन के पानी या के निकास बहाव के रूप में ना होला बलुक पानी या त भाप बन के उड़ जाला या फिन जमीन के अंदर सरवत के चल जाला।[1]