पाकिस्तानी आम चुनाव, 2018
From Wikipedia, the free encyclopedia
पाकिस्तान में आम चुनाव होखे के तारीख 25 जुलाई 2018 तय बा जेह में नेशनल असेंबली के मेंबर लोग चुनल जाई। एह चुनाव के साथे साथ चार गो प्रांत सभ में भी चुनाव होखे के तय बा।[1][2] जादातर ओपिनियन पोल सभ में ई कहल जा रहल बाटे कि पाकिस्तान मुस्लिम लीग (एन) के जीत होखी जबकि पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ दुसरे नमर पर कुछे पाछे रही।[3]
Quick Facts पाकिस्तान के नेशनल असेंबली के सगरी 342 सीट पर बहुमत खातिर 172 सीट जीतल जरूरी, नेता ...
Close
अइसन आरोप भी लगावल गइल बाड़ें कि चुनावन से पहिलहीं न्यायबेवस्था, मलेटरी आ इंटेलिजेंस द्वारा चुनाव परिणाम के पीटीआइ के फेबर में करे के कोसिस आ पीएमएल (एन) के खिलाफ करे के कोसिस कइल जा रहल बाटे।[4][5][6][7][8][9][10][11][12]