फेदेरिको फेलिनी
From Wikipedia, the free encyclopedia
फेदेरिको फेलिनी इटालियन फिल्म निर्देशक आ पटकथा लेखक रहलें। उनकर नांव महानतम आ प्रभावकारी फिल्मकारन में गिनल जाला। दुनिया भर के कई गो फिल्म पत्रिकन में उनकर फिल्मन के कालजयी घोषित कइल गइल बा। फिल्म पत्रिका 'साइट एंड साउंड' क ओर से उनकर फिल्म 'एट एंड हाफ' (8½) के विश्व के महानतम 10 फिल्मन के सूची में रखल गइल बा।[1][2][3]
Quick Facts फेदेरिको फेलिनी ऑर्डर ऑफ मेरिट ऑफ द इटालियन रिपब्लिक (ओमरी), जनम ...
फेदेरिको फेलिनी ऑर्डर ऑफ मेरिट ऑफ द इटालियन रिपब्लिक (ओमरी) | |
---|---|
जनम | (1920-01-20)20 जनवरी 1920 रिमिनी, इटली |
निधन | 31 अक्टूबर 1993(1993-10-31) (उमिर 73) रोम, इटली |
मौत के वजह | पक्षाघात |
पेशा | फिल्म निर्देशक एवं पटकथा लेखक |
सक्रियता साल | 1945–1992 |
उल्लेखनीय काम | ला स्त्रादा(1954), नाइट्स ऑफ कैबिरिया(1957),ला दोल्चे विता(1960), एट एंड हाफ(1963), अमरकोर्ड (1973) |
जीवनसाथी | गुएलिता मेसिना |
Close
पचास बरिस के अपना करियर में फेलिनी के फिल्म निर्माण खातिर कईगो सम्मान आ पुरस्कार मिलल रहे, जेमें उनकर फिल्म 'ला दोल्चे विता' खातिर 'पॉम दी ओर' पुरस्कार भी शामिल रहे। उनकर चार गो फिल्मन के विदेशी भाषा फिल्म श्रेणी में ऑस्कर पुरस्कार भी मिलल रहे।