बिदेसिया (तमासा)
From Wikipedia, the free encyclopedia
बिदेसिया (कैथी: 𑂥𑂱𑂠𑂵𑂮𑂱𑂨𑂰) चाहे बहरा बहार भिखारी ठाकुर के लिखल एगो भोजपुरी तमासा हऽ। ई भिखारी ठाकुर के गरीबी, पलायन आ नारी सशक्तिकरण प लिखल नाटक सभ मे से एगो बा।[1] ई नाटक आपन ख्यती के चलते एगो भोजपुरी भाषा के एगो नाट्य शैली बनि गइल, आ दोसरो भाषा मे एह शैली मे तमासा लिखाइल, ओह घड़ी के बिद्वान लोग एकर प्रसिद्धि के तुलना रामायण से कईल बा।[2]
Quick Facts बिदेसिया, Written by ...
बिदेसिया | |
---|---|
Written by | भिखारी ठाकुर |
Date premiered | 1912 |
Subject | पलायन, महिला सशक्तिकरण, गरीबी |
Genre | रंगमंच |
Close
एह तमासा मे उनइसवा सताबदी के भोजपुरी समाज मे मेहरारुन के दुरदसा के देखावल गइल बा। एह नाटक के 1917 मे लिखल गइल रहे।[3]