रंग
From Wikipedia, the free encyclopedia
रंग (अंग्रेजी: Color) एगो गुणधर्म हवे जौना के आदमी लाल, पीयर, हरियर नियर कई सारा आलग-अलग प्रकार की रूप में पहिचाने ला। रंग के सीधा संबंध प्रकाश या रोशनी से होखे ला, काहें से कि प्रकाश के अलग-अलग वेवलेंथ वाला हिस्सा आदमी के अलग-अलग पहिचान में आवेला। आदमी की आँख में रेटिना पर प्रकाश के पहिचान करे वाला नखी-नखी संवेदनशील कोन होखेलें जिनहन के अलग-अलग वेवलेंथ के प्रकाश अलग-अलग मात्रा में एक्टिव करे ला आ एही संवेदना से आदमी के रंग के पहिचान होला।
हालाँकि रंग के भौतिक गुण आ एकर आदिमी की द्वारा पहिचान में बहुत जटिल संबंध बाटे।
रंग के अलग अलग तरीका से गणितीय रूप में भी चिन्हित करे के तरीका बनावल गइल बाटे जौना में सबसे प्रमुख RGB सिस्टम आ CMYK सिस्टम बाटे। एकरी अलावा HSV या HSB कलर स्पेस भी परिभाषित कइल बाटे। इहो धियान में रखे वाली बाति बाटे की एगो सिस्टम में रंग के पहिचानक के दुसरा सिस्टम की पहिचानक में बदले के कौनों बहुत सीधा गणितीय तरीका न होखे ला।
रंग के अध्ययन करे वाला बिज्ञान के कलरीमीट्री कहल जाला या कबो-कबो सीधे रंग बिज्ञान (colour science) भी कहल जाला।