लेंस
रोशनी संबंधी जुगति / From Wikipedia, the free encyclopedia
लेंस एक किसिम के प्रकाश संबंधी जुगति होला जेह से हो के गुजरे के बाद रोशनी मुड़ के या त एक जगह एकट्ठा हो जाले भा छितरा जाले। सिंपल लेंस में एक ठो टुकड़ा अइसन पदार्थ के होला जेह से रौशनी के किरन गुजर सके आ एकरे खास आकृति के कारण एह से गुजरे पर किरन मुड़ जालीं। सिंपल लेंस के बिपरीत कंपाउंड लेंस कई गो सिंपल लेंस के झुंड होला जे आपस में मिल एक एगो सिंगल लेंस सिस्टम नियर काम करे लें, हर एक सिंपल लेंस के एलीमेंट कहल जाला।