सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, येरेवन
From Wikipedia, the free encyclopedia
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल (अंग्रेजी: Saint Gregory the Illuminator Cathedral), जेकरा के खाली येरेवन कैथेड्रल के नाँव से भी जानल जाला, दुनिया के सभसे बड़ आर्मीनियाई एपोस्टली चर्च बाटे। ई आर्मीनिया के राजधानी येरेवन के बिचला हिस्सा केंत्रान डिस्ट्रिक्ट में बाटे। ई दक्खिनी कॉकेशस इलाका के सभसे बड़ा धार्मिक बिल्डिंग सभ में गिनल जाला। जनरल एंद्रानिक मेट्रो इस्टेशन के बगल में मौजूद ई चर्च येरेवन शहर के कई हिस्सन से आसानी से देखलाई पड़े ला।
Quick Facts सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, बेसिक जानकारी ...
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | तिग्रान मेट्स एवेन्यू, केंत्रान, येरेवन, आर्मीनिया |
अक्षांस-देशांतर | 40.172003°N 44.516836°E / 40.172003; 44.516836 |
धर्म/मत | आर्मीनियाई एपोस्टली चर्च |
देस | आर्मीनिया |
साल | 23 सितंबर 2001 |
स्टेटस | चालू |
अगुवाई | कैथोलिकोस ऑफ़ आल आर्मेनियंस |
Architectural description | |
आर्किटेक्चर | Stepan Kurkchyan |
आर्किटेक्चर प्रकार | चर्च |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | आर्मेनियाई आर्किटेक्चर |
Groundbreaking | 1997 |
पूरा भइल | 2001 |
बिसेस लच्छन | |
क्षमता | 1700 |
ऊँचाई (अधिकाधिक) | 60 मीटर (200 फीट)[1] |
Close