स्तूप
𑂛𑂴𑂯 𑂦𑂰 𑂗𑂲𑂪𑂰 𑂢𑂱𑂨𑂩 𑂮𑂁𑂩𑂒𑂢𑂰 𑂔𑂵𑂯 𑂧𑂵𑂁 𑂥𑂸𑂠𑂹𑂡 𑂪𑂷𑂏 𑂍𑂵 𑂧𑂰𑂗𑂲 𑂨𑂰 𑂍𑂸𑂢𑂷𑂁 𑂃𑂫𑂬𑂵𑂭 𑂩𑂎𑂪 𑂯𑂷𑂪𑂰 / From Wikipedia, the free encyclopedia
स्तूप ढूह या टीला नियर आकृति के एगो रचना होला जवना में (आमतौर पर बौद्ध) भिक्षु या भिक्षुणी लोग के शरीर के कौनों अवशेष गाड़ल गइल रहेला। एक तरह से ई भिक्षु लोग के समाधी भा यादगार होला। ई जगह धार्मिक रूप से पबित्र मानल जाले आ आसपास के जगह ध्यान लगावे खातिर इस्तेमाल होले।
सभसे पुरान स्तूप मध्य प्रदेश में साँची स्तूप हवे। भारत के अलावा ई अउरी अइसन देस सभ में भी बनावल गइल बाने जहाँ बौद्ध धरम के परभाव बा।