2023 आईपीएल
आईपीएल के 16वाँ सीजन / From Wikipedia, the free encyclopedia
2023 आईपीएल चाहे 2023 इंडियन प्रीमियर लीग (जेकरा स्पांसरशिप के चलते टाटा आईपीएल 2023, आ अउरी नाँव आईपीएल 16 से जानल जात बा), भारतीय ट्वेंटी20 क्रिकेट फ्रेंचाइजी इंडियन प्रीमियर लीग के 16वाँ सीजन हवे। एकर मलिकाई बीसीसीआई के लगे बा आ इहे एकर संचालन क रहल बाटे।[1]
Quick Facts तारीख, प्रशासक ...
तारीख | 31 मार्च 2023 – 28 मई 2023 |
---|---|
प्रशासक | बीसीसीआई (BCCI) |
क्रिकेट फारमेट | ट्वेंटी20 |
टूर्नामेंट फारमेट | ग्रुप स्टेज आ प्लेऑफ |
मेजबान | भारत |
भागीदार | 10 |
मैच | 74 |
ऑफिशियल वेबसाइट | iplt20 |
← 2022 2024 → |
Close
Quick Facts टीम ...
टीम | |
---|---|
चेन्नई सुपर किंग्स डेल्ही कैपिटल्स गुजरात टाइटंस कोलकाता नाईट राइडर्स लखनऊ सुपर जायंट्स मुंबई इंडियंस पंजाब किंग्स राजस्थान रॉयल्स रॉयल चैलेंजर्स बैंगलौर सनराइजर्स हैदराबाद |
Close
एह सीजन से आ आगे, आईपीएल अपना होम एंड अवे (अपना घरेलू मैदान पर आ बाहर के मैदान पर) फारमेट में चार सालन के गैप के बाद लवट रहल बाटे काहें से कि एह दौरान कोविड-19 महामारी के चलते तीन गो सीजन न्यूट्रल मैदान प आयोजित कइल गइल रहलें। दसों टीम अपना होम ग्राउंड पर मैच खेलिहें जे पूरा भारत में अलग-अलग जगह पर बाने। आसाम के बरसापारा स्टेडियम पहिली बेर आईपीएल के मैदान बनी जहाँ राजस्थान रॉयल्स के कुछ मैच खेलल जइहें।