कॉपीराइट
From Wikipedia, the free encyclopedia
कॉपीराइट चाहे कापीराइट (copyright) कौनों रचना के रचनाकार के मिले वाला एक किसिम के बौद्धिक संपदा (intellectual property) अधिकार हवे कि रचना के ओकरे rरचनाकार के अलावा चाहे ओकरे परमीशन के अलावा केहू दूसर नकल (कॉपी) न बना सके।[1][2][3][4][5] आम तौर पर ई कुछ निश्चित समय खातिर होला। रचना साहित्यिक, कलात्मक, शिक्षा के सामग्री, संगीत वगैरह हो सके ला। कॉपीराइट कौनों आइडिया भा बिचार के ओरिजिनल प्रकटीकरण के संरक्षित करे ला न कि खुद ओह आइडिया भा बिचार के। कॉपीराइट के कुछ सीमा भी हो सके लीं जे आमजनता के हित के निगाह में रखत होखें, जइसे की अमेरिका में फेयर यूज के सिद्धांत काम करे ला।
आमतौर पर पब्लिक कानून के द्वारा लागू करावल जाये वाला कॉपीराइट अधिकार रचनाकार के मौत से 50 से 100 साल के होखे ला, ई देस पर निर्भर करे ला।