क्वबेक
कनाडा के प्रोविंस / From Wikipedia, the free encyclopedia
क्वबेक चाहे कबेक (अंग्रेजी: Quebec /kəˈbɛk/ kə-BEK, कभीकाल्ह /kwəˈbɛk/ kwə-BEK; फ्रांसीसी: Québec [kebɛk] ( सुनल जाय))[1]; हिंदुस्तानी उच्चारण क्यूबेक चाहे क्युबेक भी होला) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ में से एगो प्रांत बाटे। ई रकबा के हिसाब से कनाडा के सबसे बड़ प्रांत हवे आ आबादी के हिसाब से दुसरा सबसे बेसी आबादी वाला प्रांत हऽ (नुनावुट के रकबा एकरा ले बेसी बा बाकी ऊ एगो टेरिटरी हवे)।
अधिकतर आबादी शहरी इलाका सभ में निवास करे ले जे सेंट लॉरेंस नदी के सहारे बसल बाड़ें। एहिजे के सबसे बड़ शहर मॉन्ट्रियल हवे आ एह प्रांत के राजधानी क्वबेक सिटी हऽ। ई बिचला कनाडा क्षेत्र में पड़े ला आ ओंटेरियो एकरे पच्छिम में, न्यूफाउंडलैंड आ लैब्रेडोर एकरे उत्तर-पूरुब में आ न्यू ब्रूंस्विक एकरे दक्खिन-पूरुब में पड़े लें जिनहन के साथे ई जमीनी सीमा साझा करे ला, नुनावुट के साथे एकर तटीय सीमा हवे आ दक्खिन में ई अमेरिका के मेइन, न्यू हैम्शायर, वरमोंट आ न्यू यॉर्क राज्यन के साथे सीमा साझा करे ला।
इहाँ के ऑफिशियल भाषा फ्रांसीसी हवे आ क्वबेकोइस फ्रेंच एकर लोकल वेरायटी हवे। क्वबेक के अर्थब्यवस्था बिबिधता लिहले बाटे आ पोस्ट-इंडस्ट्रियल इकोनॉमी हवे। एहिजे प्राकृतिक संसाधन सभ भरपूर बाड़ें आ पनबिजली, फारेस्ट्री, खनन नियर क्षेत्रन में संसाधन सभ के भरपूर दोहन भइल बाटे। संस्कृति के क्षेत्र में ई प्रांत साहित्य, कला, फिलिम, टीवी शो वगैरह सभ चीजन खातिर परसिद्ध हवे।