गंगा के डेल्टा
नदी डेल्टा / From Wikipedia, the free encyclopedia
गंगा डेल्टा, (अंग्रेजी: Ganges delta), जेकरा के गंगा-ब्रह्मपुत्र डेल्टा, सुंदरबन डेल्टा या बंगाल डेल्टा भी कहल जाला, एक ठो नदी डेल्टा ह जे दक्खिन एशिया के बंगाल क्षेत्र में भारत के पच्छिम बंगाल राज्य आ बांग्लादेश में फइलल बाटे। ई बिस्व के सबसे बड़हन नदी डेल्टा हवे जवन गंगा, ब्रह्मपुत्र आ सुरमा-मेघना नदिन द्वारा बनावल जाला आ बंगाल के खाड़ी में पानी छोड़े ला। साथे-साथ ई बिस्व के कुछ सभसे उपजाऊँ इलाका सब में से भी एक हवे आ एही से एकरा के "ग्रीन डेल्टा" के नाँव से भी जानल जाला।
Quick Facts देस, राज्य ...
गंगा डेल्टा | |
नदी डेल्टा | |
सैटेलाइट इमेज में गंगा डेल्टा, 2020 | |
उपनाँव: सुंदरबन डेल्टा, बंगाल डेल्टा | |
देस | भारत, बांग्लादेश |
---|---|
राज्य | पच्छिम बंगाल |
प्रदेश/क्षेत्र | बंगाल |
सीमा बनावे ला | भारत, बांग्लादेश |
नदी | गंगा, ब्रह्मपुत्र, आ सुरमा-मेघना |
चौड़ाई | 354 किमी (220 मील) |
रकबा | 105,000 किमी2 (40,541 वर्ग मील) |
Close
एही डेल्टा में सुंदरबन इलाका बा जे बिस्व परसिद्ध मैंग्रोव क्षेत्र हवे आ एही में सुंदरबन नेशनल पार्क बाटे जे बंगाल बाघ के निवास हवे।