जन्माष्टिमी
From Wikipedia, the free encyclopedia
जन्माष्टिमी, जन्माष्टमी चाहे श्रीकृष्ण जन्माष्टमी एगो सालाना मनावल जाये वाला हिंदू तिहुआर ह जे विष्णु के अवतार कृष्ण के जनमदिन के उत्सव हवे।[1] हिंदू कैलेंडर के हिसाब से ई हर साल भादो महीना के अन्हरिया में अष्टिमी तिथी के मनावल जाला। हिंदू कैलेंडर चंद्रमा आधारित कैलेंडर हवे आ ई भादो के अष्टमी तिथी अंग्रेजी कैलेंडर के महीना अगस्त भा सितंबर में पड़े ले।[1]
ई तिहुआर पूरा भारत में मनावल जाला। एकरे अलावा जहाँ-जहाँ हिंदू लोग के उपस्थिति बा, पूरा दुनिया के अलग-अलग हिस्सन में मनावल जाला। भारत के अलावा ई पाकिस्तान, बांग्लादेश, सूरीनाम, फिजी, दक्खिन अफिरका, यूनाइटेड किंगडम आ अमेरिका में हिंदू लोग द्वारा मनावल जाला। भारतो में ई अलग-अलग राज्यन में कुछ अलग तरीका से मनावल जाला। जहाँ ई मथुरा बृंदाबन के मुख्य तिहुआर हवे, पूरबी उत्तर प्रदेश आ बिहार में डोल धराला आ कई दिन के उत्सव मनावल जाला। महाराष्ट्र में दही-हांडी के रूप में मनावल जाला।