पेरिस समझौता
From Wikipedia, the free encyclopedia
पेरिस समझौता (अंग्रेजी: Paris Agreement, फ्रेंच: Accord de Paris), या पेरिस जलवायु समझौता एक ठो जलवायु संबंधी समझौता बाटे जे ग्रीनहाउस गैस के उत्सर्जन से संबंधित बा आ यूएनऍफ़सीसी के तहत साल 2020 तक समायोजन आ फंडिंग द्वारा सुरू कइल जाए वाला बा। समझौता के प्रारूप 195 देसन द्वारा यूएनऍफ़सीसी के पेरिस में भइल सम्मेलन में 12 दिसंबर 2015 के अंगीकार कइल गइल[3][4] जून 2017 तक ले 195 यूएनऍफ़सीसी सदस्य देस एह पर दस्खत क चुकल बाने, 148 एकरा के रैटिफाई क चुकल बाने।[1]
Quick Facts जलवायु बदलाव पर यूनाइटेड नेशंस के फ्रेमवर्क कन्वेंशन के तहत पेरिस समझौता, Drafted ...
जलवायु बदलाव पर यूनाइटेड नेशंस के फ्रेमवर्क कन्वेंशन के तहत पेरिस समझौता | |
---|---|
Drafted | 30 नवंबर – 12 दिसंबर 2015 |
Signed | 22 अप्रैल 2016 |
Location | न्यू यार्क |
Sealed | 12 दिसंबर 2015 |
Effective | 4 नवंबर 2016[1][2] |
Condition | रैटीफिकेशन/Accession by 55 UNFCCC Parties, accounting for 55% of global greenhouse gas emissions |
Signatories | 195[1] |
Parties | 148[1] |
Depositary | यूनाइटेड नेशंस के सेक्रेटरी-जनरल |
Languages | अरबी, चीनी, अंग्रेजी, फ्रांसीसी, रूसी आ स्पेनिश |
Paris Agreement at Wikisource |
Close
पेरिस समझौता के तहत, हर देस के ई खुद तय करे के बा कि ऊ बैस्विक गरमाव के रोके खातिर का लक्ष्य रखत बा,[5] एकरा के बाध्यकारी तरीका से लागू करे के कौनों प्राबिधान नइखे[6] , हर देस के एगो निश्चित लक्ष्य आ तारीख निर्धारित करे के बा।[7]