गाँवपालिका
From Wikipedia, the free encyclopedia
गाँवपालिका (नेपाली: गाउँपालिका) नेपाल में स्थानिय प्रशासनिक इकाई बा। नेपाल में पहिले के गाँव विकास समिति (गाविस) के रूप में स्थानीय इकाई रहल, बाकी बाद में कई गो गाविस सभ के आपस मिला के नया इकाई के रूप में गाँवपालिका सभ के गठन कइल गइल बा। गाँवपालिका सभ के बिभाजन वार्ड में कइल गइल बा आ एक ठो गाँवपालिका में में 5 से 9 गो वार्ड संख्या हो सकत बा।[1]
वि.सं .2073 में नेपाल के संघीय मामिला आ स्थानीय विकास मंत्रालय 744 स्थानीय तह के मंजूरी दिहलस। एह मंजूरी के बाद गाविस के हटाके कुल 479 गाँवपालिका बनावल गइल।[2][3][4] [5] | 2074 साल मे 35 गो गाँवपालिका के नगरपालिका में मिला दिहल गइल ई से पहिले 463 गो गाँवपालिका रहे। और महानगरपालिका थपेला से 460 गो गाँवपालिका रहल ।[6]