तिथि
From Wikipedia, the free encyclopedia
वैदिक समय मापन आ बाद के हिंदू कैलेंडर सभ में तिथि समय के एक ठो माप हवे जे एक ठो सूर्य-सापेक्ष चंद्रमास (सिनोडिक महीना) के 1/30वाँ हिस्सा होला। एकरा के चंद्रमा आधरित दिन या चंद्रमा आधारित तारीख भी बूझल जा सकेला।
तिथि सुरुज आ चंद्रमा के बीच हर 12° देशंतारीय कोण के पूरा होखला पर बदले ले।[1] अमौसा के सुरुज आ चंद्र एक सीध में होलें, एकरे बाद चंद्रमा अपने परिक्रमा में आगे बढे ला आ सूर्य आ चंद्रमा के बीचे के कोणीय अंतर बढ़त जाला। हर 12° पर एक तिथि पूरा हो जाले आ पूरा 360° पूरा होखले पर फिर अमौसा के स्थिति, यानि सुरुज चंद्र एक सीध में हो जालें।[2]
हालाँकि चंद्रमा के 12° आगे बढ़े में हमेशा बराबर समय ना लागे ला आ एही से तिथि छोट-बड़ होत रहे लीं। एक तिथि के समय लगभग 19 घंटा से ले के 26 घंटा ले के हो सकेला।[3]
तिथि हिंदू पञ्चांग के प्रमुख हिस्सा हवे। तिथि, वार, नक्षत्र, करण आ योग नाँव के पाँच चीज के लिखित सारिणी के पञ्चांग कहल जाला। ज्यादातर हिंदू तिहुआर सभ एही चंद्रमा आधारित तिथि के अनुसार मनावल जालें। नेपाल नियर देसन में ई तारीख के गिनती के मुख्य तरीका हवे हालाँकि, नेपाली तिथि सूर्य के गति के आधार पर होले, बाकी इनहन के नाँव उहे होला जे चंद्रमा आधारित तिथि सभ के होला।