पटना
बिहार के राजधानी आ भारत के प्रमुख शहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
पटना (कैथी: 𑂣𑂗𑂢𑂰) भारत में बिहार प्रान्त क राजधानी ह। पटना क प्राचीन नाँव पाटलिपुत्र रहे। आधुनिक पटना दुनिया की कुछ अइसन गिनल-चुनल प्रचीन नगरन में से बा जेवन बहुत प्राचीन काल से आज ले आबाद बाड़ें। अपने आप में ए शहर क बहुत इतिहासी महत्व बाटे।
पटना
𑂣𑂗𑂢𑂰 | |
---|---|
देस | भारत |
राज्य | बिहार |
क्षेत्र | मगध |
प्रमंडल | पटना |
जिला | पटना |
वार्ड | 72 वार्ड |
Founded by | अजातशत्रु |
Area (2001) [A 1] | |
• Urban | 135.79 किमी2 (52.43 बर्ग मील) |
• Metro | 234.70 किमी2 (90.62 बर्ग मील) |
• City | 99.45 किमी2 (38.40 बर्ग मील) |
Elevation | 53 m (174 ft) |
Population (2011)[5] | |
• Density | 16,925/किमी2 (43,840/बर्ग मील) |
• Urban | 2,046,652 (IN: 18th) |
• Metro | 2,231,554 [A 1] |
• City | 1,683,200 (IN: 19th) |
Demonym | Patnaite |
भाषा | |
• Spoken | भोजपुरी, अंग्रेजी, हिंदी, मगही[6] |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 800 XXX |
Vehicle registration | BR 01 |
Sex ratio | 1.13[5] ♂/♀ |
Literacy | 84.71% |
Lok Sabha constituencies | Patna Sahib and Pataliputra |
Vidhan Sabha constituencies | Digha (181), Bankipur (182), Kumhrar (183), Patna Sahib (184), Fatuha (185), Danapur (186), Maner (187), Phulwari-SC (188), Masaurhi (189), Paliganj (190) |
जलवायु | Cwa (कोपेन) |
बरखा | 1,100 मिलीमीटर (43 इंच) |
औसत सालाना तापमान | 26 °C (79 °F) |
औसत गर्मी के तापमान | 30 °C (86 °F) |
औसत जाड़ा के तापमान | 17 °C (63 °F) |
Website | patnanagarnigam patna |
मेगस्थनीज (३५० ईपू-२९० ईपू) अपनी भारत भ्रमण की बाद लिखल पुस्तक इंडिका में ए नगर क उल्लेख पलिबोथ्रा (पाटलिपुत्र) की रूप में कइलें जेवन गंगा अउरी अरेन्नोवास (सोनभद्र-हिरण्यवाह) की संगम पर बसल रहे। ओ पुस्तक की आकलन की हिसाब से प्राचीन पटना (पलिबोथा) 9 मील (14.5 कि.मी.) लम्बा तथा 1.75 मील (2.8 कि.मी.) चौड़ा रहल होई।
आधुनिक पटना बिहार राज्य क राजधानी ह आ गंगा नदी की दक्षिणी किनारा पर अवस्थित बा। सोलह लाख (16,00,000) से अधिक आवादी वाला ई शहर, लगभग 15 कि.मी. लम्बा आ 7 कि.मी. चौड़ा बाटे।
प्राचीन बौद्ध आ जैन तीर्थस्थल वैशाली, राजगीर या राजगृह, नालन्दा, बोधगया अउरी पावापुरी पटना शहर की आसे-पास बाड़ें। पटना सिक्ख लोगन खातिर पवित्र अस्थान हवे। सिक्ख लोगन क 10वें आ अंतिम गुरु गुरू गोबिंद सिंह क जन्म एहिजा भइल रहे| हर बरिस देश-विदेश से लाखन गो सिक्ख श्रद्धालु पटना में हरमंदिर साहब क दर्शन करे आवेला लोग आ मत्था टेकेला लोग।
एतिहासिक आ प्रशासनिक महत्व की अलावा पटना शिक्षा आ चिकित्सा क भी प्रमुख केंद्र हवे। देवारिन से घिरल नगर क पुराना क्षेत्र, जेवना के पटना सिटी कहल जाला अगो प्रमुख वाणिज्यिक केन्द्र हवे।
पूर्वी भारत में कोलकाता की बाद पटना दूसर सबसे बड़ शहर ह। 2011 में 16 लाख से ज्यादा आबादी की साथ ही भारत क 19वां सबसे बड़ शहर रहे। एईजा पटना हाई कोर्ट आइल बा।
2009 में वर्ल्ड बैंक पटना के भारत में नया व्यवसाय कइले की मामला में दिल्ली की बाद एके नंबर 2 देले रहे।
ए शहर क नांव वक्त गुजरले की साथ बदल गइल। ई भारत क प्राचीन शहरन में से एगो ह, पटना की आधुनिक नांव की साथ कईगो किवंदती जुडल बा, जैसे की,
- ई पाटन देवी जे हिन्दू लोगन क देवी कहाली की नांव पर से पड़ल बा।[7]
- कई अदमी माने ला की पटना नांव एगो पाटली नांव की पेड़ की प्राजाति पर से पड़ल बा, इ पेड़ ए एतिहासिक शहर में ढेर देखे के मिलेला।
- इ शहर एकरी 2000 साल की जीवंत इतिहास में कईगो नांव से जानल गइल जैसे की, पाटलीग्राम, पाटलीपुत्र, कुसुमापुरा, कुसुमध्वजा पुष्पापुरम, पद्मावती, अजीमाबाद और अब पटना।[8][9]