हिंडन नदी
From Wikipedia, the free encyclopedia
हिंडन नदी उत्तरी भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एगो महत्वपूर्ण नदी हवे। ई जमुना नदी के सहायिका हवे आ गंगा-जमुना के दुआबा के ऊपरी हिस्सा में बहे ले। नदी के उदगम सहारनपुर जिला में ऊपरी शिवालिक श्रेणी से होखे ला आ ई गाजियाबाद से हो के आगे ग्रेटर नोएडा के ठीक आगे जा के तिलवाड़ा गाँव के लगे जमुना नदी में मिल जाले। नदी कुल 400 किलोमीटर (250 मील) लंबाई वाली हवे आ एकर थाला (बेसिन) 7,083 वर्ग किलोमीटर (2,735 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा। ई पूरा तरीका से बरसात पर आधारित नदी हवे।[1]
Quick Facts देस, प्रदेश/क्षेत्र ...
हिंडन नदी | |
Hindon River | |
गाजियाबाद के लगे लिहल हिंडन के हवाई चित्र | |
देस | भारत |
---|---|
प्रदेश/क्षेत्र | उत्तर प्रदेश |
शहर | गाजियाबाद, नोएडा, ग्रेटर नोएडा |
उदगम | शिवालिक |
- लोकेशन | सहारनपुर जिला, भारत |
- निर्देशांक | 35°05′N 77°08′E |
मुहाना | जमुना नदी |
- निर्देशांक | 28°04′N 77°04′E |
लंबाई | 400 किमी (249 मील) |
थाला | 7,083 किमी2 (2,735 वर्ग मील) |
Close